लोबो भाग - 3 जनता त्रस्त विदेशी चंदा मस्त

अरे लोबो भाई कहवां जात बड़ो हो , आवो हो तनिक देर बइठो महाराज काहवां दिन भर घुमत रहे लो हो । तनिक ई बताओ ऐ गो खबर सुनलो तू , न भाई बताओ कउन सी खबर , सुनो लोबो भाई फेर ई ख़बरवां अबसे कउनो राजनीतिक पार्टी के मिलल विदेश के पइसा के जांच ना होइ ।
लोबो - का कहत बडो महाराज अइसन होइ तो फेर तो खूब घोटाला होइ , विदेशी लोगन से पइसा मिलत जाईं ओर गलत काम होत जाइ ।

अब क्या बोली लोबो भाई सब पार्टी चोर बाड़ी हो , कउनो पर विश्वास नाहिखे और एको बात ई प्रस्ताव के लोकसभा में पास होवे के बाद सबसे ज्यादा फायदा कांग्रेस और भाजपा के होइ लोबो भाई

ई का बोल्ट बडो महाराज एकरा मतलब कि आपन बचे के खातिर लोकसभा का गलत इस्तेमाल होयत बा

आगे सुनी लोबो भाई
ई संशोधन के बाद 2014 में दिल्ली हाई कोर्ट के उ फैसलवा में मदद मिली जोने में कांग्रेस और भाजपा ई दुनु पार्टी दोषी रहली हो ।
वईसे अब क्या हो सकेला लोबो भाई ई लोग सिर्फ लोगन के लूटत चाहत बा  । अब ई लोग केतनो चोरी के पइसा चंदा के रूप में ली लो विदेशन से लेकिन कउनो जांच न होई , परतुं गरीब आदमी के थोड़ा सा पइसा का आई ई सब बड़ा बड़ा जांच करवाएं लागी  । कुछ बोललो पाप बा लोबो भाई  । चलअ अब चलेके बाकी के बात बाद में करल जाइ। 

Comments

Popular posts from this blog

किस्सा 1983 वर्ल्ड कप जीत का , जिसके बाद क्रिकेट बना धर्म / The Tale of the 1983 World Cup Victory — The Moment Cricket Became a Religion

कॉलेज के आखिरी दिन की यादें / Memories of the last day of college

दौर - ए - सचिन